Monday, June 30, 2014

बिहार में फेर आईल जंगल -राज

बिहार में फेर आईल जंगल -राज ,
लोगवा के जिंदगी भइल बेहाल ,
बिहार में फेर आईल जंगल -राज ,
बिजली -सड़क नइखे कौनो रोज़गार ,
जेने देखि जाति -धरम के बवाल ,
बिहार में फेर आईल जंगल -राज।
सपना बेचता ,लूटा जाता घर -दुआर ,
थाना भइल बा चोरन के दरबार ,
दलाल चालवंत बाड़े बिहार सरकार ,
बिहार में फेर आईल जंगल -राज ,
लोगवा के जिंदगी भइल बेहाल।

No comments:

Post a Comment